रोम | |
---|---|
Coordinates: 41°54′N 12°30′E / 41.900°N 12.500°Eनिर्देशांक: 41°54′N 12°30′E / 41.900°N 12.500°E | |
देस | इटली |
क्षेत्र | लाजियो |
Area | |
• कुल | 1,285 किमी2 (496.3 बर्ग मील) |
Elevation | 21 m (69 ft) |
Population (30 सितंबर 2017) | |
• Rank | इटली में 1हिला, यूरोपियन युनियन में 4था |
• Density | 2,236/किमी2 (5,790/बर्ग मील) |
• कम्यून | 2,874,558 |
• मेट्रो शहर | 4,357,041 |
Time zone | UTC+1 (सीईटी) |
डाक कोड | 00100; 00118 से 00199 |
Area code | 06 |
Website | कम्यूने दि रोमा |
रोम (अंग्रेजी: Rome) यूरोप महादीप के एगो प्रमुख शहर आ इटली देस के राजधानी हवे। रोम राजधानी क्षेत्र के अलग कम्यून (नाँव कम्यूने दि रोमा कैपिताले[नोट 1]) के रूप में प्रशासन बेवस्था बा आ ई इटली के लाजियो क्षेत्र के राजधानी के रूप में भी हऽ। अपना 2,874,558 निवासी लोग के साथ 1,285 किमी2 (496.1 वर्ग मील) इलाका वाला, ई कम्यून इटली के सभसे घन आ सभसे ढेर आबादी वाला कम्यून भी हवे। ई यूरोपियन यूनियन के देस सभ में चउथा सभसे बड़ शहर हवे। ई शहर मेट्रोपॉलिटन रोम के बीचोबीच वाला हिस्सा हवे आ अगर पूरा मेट्रो रोम के हिसाब में लिहल जाव तब एकर जनसंख्या करीबन 4.3 मिलियन (43 लाख) बाटे। रोम के लोकेशन इटली प्रायदीप के बिचला-पच्छिमी प्रांत के हिस्सा बा आ लाजियो के भीतर, टाइबर नदी के किनारे बसल बा। अउरी खास बात ईहो बा कि एह शहर के भितरें ईसाई धरम के केंद्र वेटिकन सिटी भी मौजूद बा जे अलगा राज्य के दर्जा वाला देस मानल जाला। एही कारण कबो-कबो रोम के दू गो देस सभ के राजधानी भी कहल जाला।
रोम बिचली इटली के लाजियो इलाका में पड़े ला आ टाइबर नदी के तीरे बसल बाटे। मूल आबादी ओह पहाड़ी सभ पर बसे सुरू भइल रहल जिनहन के ढाल टाइबर दीप के ओर रहल, नदी पर एगो लचका (फोर्ड) के ओर मुँह कइले, ई एह नदी पर एह इलाका में एकलौता प्राकृतिक उपटान के हिस्सा रहल जहाँ से नदी आसानी से पार कइल जा सकत रहल होखे। राजा लोग के रोम, सात गो पहाड़ी सभ पर बसल: अवेंताइन पहाड़ी, काईलियन पहाड़ी, कैपिटलाइन पहाड़ी, एस्क्वीलाइन पहाड़ी, पैलेटाइन पहाड़ी क्विरिनल पहाड़ी आ विमिनल पहाड़ी पर। आज के समय के रोम से एनीन नाँव के एगो अउरी नदी गुजरे ले। ई इतिहासी रोम के बीच में, टाइबर नदी में आ के मिल जाले।
हालाँकि, शहर के सेंटर टाइरेनियन सागर से करीबन 24 किलोमीटर (15 मील) भीतर के ओर बा, शहर के सीमा समुंद्र के तीरे ले बाटे। एहर के ओर पच्छिमी-दक्खिनी डिस्ट्रिक्ट ओस्तिया पड़े ला। रोम के बिचला हिस्सा के ऊँचाई समुंद्र तल से 13 मीटर (43 फीट) (पैन्थिया के बेस के लगे) से 139 मीटर (456 फीट) (मारियो परबत) तक ले बाटे। रोम कम्यून के कुल एरिया लगभग 1,285 वर्ग किलोमीटर (1.3831624885×1010 वर्ग फु) बाटे जेह में कई गो हरा-भरा इलाका भी बाड़ें।
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |